For any Query/Feedback/Suggestion related to OBO, please contact:- admin@openbooksonline.com & contact2obo@gmail.com, you may also call on 09872568228(योगराज प्रभाकर)/09431288405(गणेश जी "बागी")

भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता देवे के राह के तकनिकी बाधा दूर भईल : आर के सिंह

नई दिल्ली 12 दिसम्बर 2012, केन्द्रीय गृह मंत्रालय के आमंत्रण पर बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष प्रो रविकांत दुबे जी भोजपुरी भाषा के भारतीय संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के अपना राष्ट्रीय मुहीम के अउरो जादे प्रभावशाली बनावे खातिर आजु दिनांक 12 - 12 - 12 के भारत के गृह सचिव श्री आर के सिंह जी के संगे नार्थ ब्लॉक्, नई दिल्ली में लमहर बात चीत कईलें । श्री दूबे अपना संगे करीबन 150 पृष्ठन के कागजातों लाइल रहलन, जेके केन्द्रीय गृह सचिव के दिहलन ।

गृह सचिव सब कागज़ पतर देखला के बाद कहलन कि जवन उनुका चाहत रहे उ अब मिल गईल । मीडिया क्लब के महासचिव अउर भोजपुरी पंचायत के प्रकाशक सह संपादक श्री कुलदीप कुमार जी गृह सचिव से पूछलन कि का अब भोजपुरी भाषा के संवैधानिक दरजा मिले खातिर सब रोकावट दूर हो गईल ? त श्री आर के सिंह कहलन कि श्री दुबे जेतना कागज़ पतर उनके दिहले बाडन वोमे उ सब बा जवन उनके चाहत रहे अउर अब कुल तकनिकी अड़चन दूर हो गईल बा, अब उ लोग भोजपुरी भाषा के संवैधानिक दरजा देवे के परकिरिया तेजी से करी ।

आपन पछ रखत श्री दुबे कहलन कि भोजपुरी भाषा अउर एकर साहित्य के इतिहास तक़रीबन एक हजार सालों से ढेर पुरान बा । भोजपुरी में आठ से दस हजार किताबन के प्रकाशित कईल जा चुकल बा, जेकरा में भोजपुरी व्याकरण, शब्दकोष, तुलनात्मक अध्ययन, भाषा अउर साहित्य के इतिहास, आधुनिक लेखन, गद्य, पद्य सहित सभे विधा उच्च स्तरीय पुस्तक शामिल बा । भोजपुरी में पचासों से अधिका पत्रिका प्रकाशित हो रहल बा ।एकर सूचीयों गृह मंत्रालय के दिहल गईल ।

भारत में भोजपुरी भाषा के फिलिम एके साथे 14 राज्यन में रिलीज कईल जाला । हिंदी के बाद सबसे अधिका फिलिम भोजपुरी में बन रहल बा । भोजपुरी फिलिम के बज़ार आजु बहुते व्यापक हो गईल बा, एकरा से गैर भोजपुरी भाषी लोगो के बहुते बड़ तादाद में रोजगार मिलल बा । आजु अमेरिका, इंग्लैंड, कनाडा, जेर्मनी अउर आस्ट्रेलिया जईसन विकसित देशन में एकर मांग बा ।

भोजपुरी भाषा में प्राथमिक, माध्यमिक, इंटर, स्नातक, स्नातकोत्तर स्तर से लेके पी. एच. डी. स्तर की पढ़ाई भिन्न-भिन्न संस्थान अउर विश्वविद्यालयन मे होत बा । एमे वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय आरा, जय प्रकाश विश्वविद्यालय छपरा, बी. आर. आंबेडकर विश्वविद्यालय मुजफ्फरपुर, बिहार विद्यालय परीक्षा समिति, इंदिरा गाँधी मुक्त विश्वविद्यालय के देश भर के अध्यन केंद्र, नालंदा खुला विश्वविद्यालय, बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय, राष्ट्रीय खुला विश्वविद्यालय सहित अनेको संस्थान शामिल बा ।

एह उपलब्धि पर ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार के तरफ से भोजपुरिया समाज के बहुत बहुत बधाई बा ।
(सभार : मिडिया क्लब ऑफ़ इंडिया) 

Views: 1000

Replies to This Discussion

आजु ई समाचार आ सूचना से सही कहीं त हमार आ हमरा अस करोड़न भोजपुरिहा लोगन के मन के ’इण्डिया अप’ हो गइल बा, गनेस भाई. ..

आदरणीय आर.के.दुबेजी अपना ओबीओ के सम्मानित सदस्य हवन. आदरणीय दुबेजी के एह एकवटल काम के कवनो शब्द से बधाई कम पड़ी.  जय भोजपुरी.. .

सच कहीं त ई समाचार से मन में जौन सुख भईल, ओके बता नईखी सकत ! शब्दे नईखे मिलत ! अब त एतने कहब कि ई सुकरम ला आदरणीय रविकांत दुबे जी के अनंत अनंत बधाई ! अब भगवान से इहे अरज बा कि जेंगा भोजपुरी संवैधानिक बनला के रस्ता से तकनीकी दीकि हटल, ओहिंगा  जल्दी से जल्दी भोजपुरी संवैधानिक बन भी जाव ! जय भोजपुरी !

           भोजपुरी क ई समाचार मन के झुमाय दिहलस ,

           बधाई उ सब लोगन के जे जी जान से लागल बाडन  जा।

RSS

कृपया ध्यान दे...

आवश्यक सूचना:-

1-सभी सदस्यों से अनुरोध है कि कृपया मौलिक व अप्रकाशित रचना ही पोस्ट करें,पूर्व प्रकाशित रचनाओं का अनुमोदन नही किया जायेगा, रचना के अंत में "मौलिक व अप्रकाशित" लिखना अनिवार्य है । अधिक जानकारी हेतु नियम देखे

2-ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार यदि आपको अच्छा लगा तो अपने मित्रो और शुभचिंतको को इस परिवार से जोड़ने हेतु यहाँ क्लिक कर आमंत्रण भेजे |

3-यदि आप अपने ओ बी ओ पर विडियो, फोटो या चैट सुविधा का लाभ नहीं ले पा रहे हो तो आप अपने सिस्टम पर फ्लैश प्लयेर यहाँ क्लिक कर डाउनलोड करे और फिर रन करा दे |

4-OBO नि:शुल्क विज्ञापन योजना (अधिक जानकारी हेतु क्लिक करे)

5-"सुझाव एवं शिकायत" दर्ज करने हेतु यहाँ क्लिक करे |

6-Download OBO Android App Here

हिन्दी टाइप

New  देवनागरी (हिंदी) टाइप करने हेतु दो साधन...

साधन - 1

साधन - 2

Latest Activity


सदस्य कार्यकारिणी
गिरिराज भंडारी's blog post was featured

एक धरती जो सदा से जल रही है [ गज़ल ]

एक धरती जो सदा से जल रही है   ********************************२१२२    २१२२     २१२२ एक इच्छा मन के…See More
Tuesday

सदस्य कार्यकारिणी
गिरिराज भंडारी posted a blog post

एक धरती जो सदा से जल रही है [ गज़ल ]

एक धरती जो सदा से जल रही है   ********************************२१२२    २१२२     २१२२ एक इच्छा मन के…See More
Tuesday
Sushil Sarna posted a blog post

दोहा सप्तक. . . .तकदीर

दोहा सप्तक. . . . . तकदीर  होती है हर हाथ में, किस्मत भरी लकीर ।उसकी रहमत के बिना, कब बदले तकदीर…See More
Tuesday
Admin added a discussion to the group चित्र से काव्य तक
Thumbnail

'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 166

आदरणीय काव्य-रसिको !सादर अभिवादन !!  ’चित्र से काव्य तक’ छन्दोत्सव का यह एक सौ छियासठवाँ आयोजन है।.…See More
Monday

सदस्य कार्यकारिणी
गिरिराज भंडारी replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-173
"आदरणीय  चेतन प्रकाश भाई  आपका हार्दिक आभार "
Sunday

सदस्य कार्यकारिणी
गिरिराज भंडारी replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-173
"आदरणीय बड़े भाई  आपका हार्दिक आभार "
Sunday

सदस्य कार्यकारिणी
गिरिराज भंडारी replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-173
"आभार आपका  आदरणीय  सुशील भाई "
Sunday
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-173
"भाई अखिलेश जी, सादर अभिवादन। गजल की प्रशंसा के लिए हार्दिक आभार।"
Sunday
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-173
"भाई चेतन जी, सादर अभिवादन। गजल की प्रशंसा के लिए धन्यवाद।"
Sunday
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-173
"भाई अमीरुद्दीन जी, सादर अभिवादन। गजल की प्रशंसा के लिए आभार।"
Sunday
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-173
"आ. प्रतिभा बहन, सादर अभिवादन। गजल की प्रशंसा के लिए हार्दिक धन्यवाद।"
Sunday
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' replied to Admin's discussion "ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-173
"आ. भाई गिरिराज जी, सादर अभिवादन। गजल की प्रशंसा के लिए आभार।"
Sunday

© 2025   Created by Admin.   Powered by

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service